Svoboda | Graniru | BBC Russia | Golosameriki | Facebook
Jump to content

ईसवी सन

विकिपीडिया से

ईसवी सन, ईसवी (संछेप में ई.) चाहे अंग्रेजी में एनो डोमिनी (anno domini) भा AD, ग्रेगरीयन कैलेंडर आ जूलियन कैलेंडर में साल सभ के साथे लिखल जाये वाला चीन्हा हवे जे ई बतावे ला कि ईसा मसीह के जनम के साल के बाद कउथा साल के बात हो रहल बा। ईसा मसीह के जनम से पहिले के साल सभ के ईसा पूर्व चाहे ईपू. आ अंग्रेजी में बिफ़ोर क्राइस्ट भा BC के निशान से चिन्हित कइल जाला।

आजकल ईसवी सन की जगह कॉमन एरा (CE) आ ईसा पूर्व की जगह "बिफ़ोर कॉमन एरा" (BCE) के इस्तेमाल होखे लागल बाटे।