Svoboda | Graniru | BBC Russia | Golosameriki | Facebook
Jump to content

चरम-वामपंथी राजनीति

विकिपीडिया से

चरम-वामपंथी राजनीति (अंग्रेजी: Far-left politics), जेकरा के क्रांतिकारी वामपंथ (radical left) भा अति-वामपंथ (extreme left) के नाँव से भी जानल जाला, बाएँ-दहिने के राजनीतिक स्पेक्ट्रम पर, मानक राजनीतिक वामपंथ से बेसी वामपंथी बिचारधारा के राजनीति हवे। एह शब्द के कौनों एकही, सुसंगत परिभाषा ना बाटे; कुछ बिद्वान लोग एकरा के सामाजिक लोकतंत्र के वामपंथ के प्रतिनिधित्व करे वाला माने ला जबकि कुछ लोग एकरा के साम्यवादी (कम्युनिस्ट) दल सभ के वामपंथ तक सीमित रखे ला। कुछ खास दसा में – खासतौर पर न्यूज मीडिया में – अति-वामपंथ के कुछ रूप में निरंकुशता, अराजकतावाद, साम्यवादमार्क्सवाद से जोड़ल गइल बा, चाहे फिर क्रांतिकारी समाजवाद आ संबंधित साम्यवादी विचारधारा के वकालत करे वाला समूह के रूप में देखावल गइल बा, या पूंजीवाद-विरोधी आ वैश्वीकरण-बिरोधी बतावल गइल बा। अति-वामपंथी आतंकवाद में चरमपंथी, उग्रवादी भा विद्रोही समूह होलें जे लोकतांत्रिक प्रक्रिया के इस्तेमाल करे के बजाय राजनीतिक हिंसा के माध्यम से अपना आदर्श के साकार करे के कोसिस करे लें।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]