Svoboda | Graniru | BBC Russia | Golosameriki | Facebook
Jump to content

पूस

विकिपीडिया से

पूस (पौष) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा।

काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार पूस साल के दसवाँ महीना होला। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई दिसंबर/जनवरी के महीना में पड़े ला।

भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में पूस दसवाँ महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 22 दिसंबर से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के नउवाँ महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई नउवाँ महीना होला।