Svoboda | Graniru | BBC Russia | Golosameriki | Facebook
Jump to content

बियर

विकिपीडिया से
बियर के बड़ बर्तन में लागल टोंटी से गिलास में भरल जात बा
परंपरागत कास्क में से ढारल जात बियर

बियर चाहे बीयर एगो एल्कोहल वाला, पिए वाला चीज हवे। अल्कोहल, यानी शराब के मूल तत्त्व, वाली पिए वाली चीज सभ में ई सभसे पुरान आ सभसे ब्यापक रूप से पियल जाए वाला चीज हवे। कौनों भी पियल जाए वाला चीज के बात कइल जाय तब पानी, आ चाय के बाद तिसरा नमर एही के हऽ। बीयर आमतौर पर अनाज सभ के माल्ट से बनावल जाला जेह में जौ, गोहूँ, मक्का आ धान (चाउर) शामिल बाड़ें।