Svoboda | Graniru | BBC Russia | Golosameriki | Facebook
Jump to content

लाईका

विकिपीडिया से

लाइका ( रूसी: Лайка  ; ल॰ 1954 – 3 नवंबर 1957) एगो सोवियत अंतरिक्ष कुत्ता रहल जे अंतरिक्ष में जाए वला पहिला जानवर सभ मे से एगो रहल आ धरती के चक्कर लगावे वाला पहिला जानवर रहल। मास्को के सड़कन से एगो आवारा मोंगरेल, लाइक स्पूतनिक 2 अंतरिक्ष यान प सवार हो के उड़ल, आ 3 नवंबर 1957 के निचला कक्षा मे पहुँचल। काहे से कि कक्षा से मुक्त होखे के तकनीक अभी तक बिकसित ना भइल रहे एहसे लाइका के जिंदा रहे के उम्मीद कबहूँ ना रहे। उड़ान के घंटन बाद, यान के चउथा चक्कर मे, ढेर गरमी होखला से चाहे उजबुजइला से ऊ मू गइल।